खबर लहरिया वाराणसी हर समय बिगड़ल रहला हैण्डपम्प

हर समय बिगड़ल रहला हैण्डपम्प

13-03-14 Kasba harhua

आय दिन बिगड़ल रहला ई हैंडपम्प

जिला वाराणसी, ब्लाक हरहुआ, बढ़उकी।  इहां करीब पाँच घर में एक हैण्डपम्प हव। उ भी हर समय बिगड़ल रहला। हैण्डपम्प बिगड़ले के वजह से इधर उधर भटके के पड़ला।
मजनू, रम्मू, बदामा, नगीना, सोनी इ लोगन के ककहब हव कि हैण्डपम्प हव उहो हमेशा बिगड़ल रहला। लोग पानी खातिर के इधर उधर भटकलन। जाड़ा बरसात त बीत जाई लेकिन गर्मी बीतब मुश्किल हो जाला। अगर गर्मी के दिन में बिगड़ जाई त हमने पानी पिए कहाँ जायल जाई।  इहां हमने एक पीढ़ी से रहत हई लेकिन समस्या के समाधान नाहीं होत हव। जब देखा कभी इ समस्या कभी उ समस्या हर समय एक न एक दिक्कत रहला। प्रधान त थोड़ी सी काम करवा के नाम कर देहियन कि गावं के विकास बहुत होत हव। लेकिन देखा त कुछ भी नाहीं होत हव। इ सब के बारे में गावं के प्रधान भोनू यादव के कहब हव कि सात हैण्डपम्प रीबोर करवावे लायक हव। सी. डी. ओ. आउर वी. डी. ओ. के दरखाश देहले हई लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं होत हव।