खबर लहरिया वाराणसी हर फार्म भरे में लगत हव घूस

हर फार्म भरे में लगत हव घूस

12-12-13 Gaav Aavasजिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर बकइया के पूरा दलित बस्ती। इ बस्ती में करीब पन्द्रह घर के लोग से प्रधान पांच पांच सौ रूपिया महामाया के फार्म भरे खातिर के लेहलन हे। पइसा लेहले दू साल हो गएल हव।
इहां के उत्तमा देवी, प्रमिला, निरमा, संजू इ सब लोगन के कहब हव कि महामाया के फार्म भरे के हमने से प्रधान पाँच सौ रूपिया लेहलन। तब जाके फार्म भरलन। सरकार त कह देला कि जनता के एको रूपिया ना लगी। लेकिन इहां के अधिकारी आउर गावं वालन त लेत हयन। हमने के इहां के प्रधान बिना पइसा लेहले एको काम नाहीं करतन। हम खाली एक बार कहे की हम पइसा ना देब त प्रधान कहलन कि पइसा ना देबू त काम ना होई। हमने सोचे लगली कि अगर कुछ पइसा मिले लगी त हमने के सहारा हो जाई।
प्रधान रमई के बेटा धन्नू के कहब हव कि महामाया खातिर के करीब दू सौ लोग के फार्म भरायल हव जेमे तीस लोग के गड़बड़ हो गएल हव। जिला पर चिठ्ठी लिख के देवे खातिर के पइसा लेहली कोई दू सौ देलेस त काई ढाई सौ। लेकिन कोई पांच सौ नाहीं देहले हव।