खबर लहरिया औरतें काम पर हमरे पति से हमके बचाला

हमरे पति से हमके बचाला

mahila nagina -2

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गांव बथर्रा। इहां के नगीना देवी के उम्र पचास साल के हव। जेसे पति जुआड़ी आउर शराबी होवे से अपने मेहरारू आउर बच्चन के बहुत मारअलन पीटअलन। आउर घर से भगावे के धमकी देलन।
नगीना देवी के कहब हव कि हमरे पति रामाश्रय के जब मन करी तो कभी दिल्ली तो बम्बई भाग जइयन। आउर घर में एको पइसा दीहन ना। हमार चार बच्चन हयन हम बनी मजदूरी करके पेट पालीला। आउर एक महीना बाद लइकी के बियाह भी करे के हव। एको पइसा के जुगाड़ भी ना कइले हयन। एही सब कहले पे हमके मरले हयन। जेसे कमर में बहुत ज्यादा चोट आ गयल हव। आउर इ सब के लेके कई बार थाने पे भी समझौता भयल हव। लिखित भी कचहरी में जमा कइले हई। गांव वालन के कहब हव कि रामाश्रय दिमाग से पागल हयन। एनकरे बहू संगीता आउर बिटिया के कहब हव कि इ लोग के बीच में हमेशा झगड़ा होला। इ सब बात के लेके कई बार हमार बाउ हमरे माई के खिलाफ थाने में रिपोर्ट भी दर्ज करवइले हयन।
चैबेपुर थाना के सब इन्स्पेक्टर रविन्द्र चन्द पाण्डेय के कहब हव कि रिपोर्ट दर्ज ना हव आउर एकरे बारे में हमके कउनों जानकारी भी कउनों नाहीं हव।