खबर लहरिया वाराणसी खुली नाली में होत दुर्घटना

खुली नाली में होत दुर्घटना

kasba sarnath 3

जिला वाराणसी, ब्लाक काशी विद्यापीठ, महमूरगंज आकाशवाणी। इहां बड़ी गैबी में हरदम सीवर के गन्दा पानी बहत रहल आउर इ समस्या इहां लगभग बीस साल से चलत रहल लेकिन अब उम्मीद हव कि इ समस्या दूर हो जाई काहे से कि अब इहां सीवर लाइन बिछत हव आउर अब इहां के इ लोगन के समस्या दूर हो जाई। इहां के नितिन आउर सुपरवाइज़र धोती के कहब हव कि इ सीवर लाइन बड़ी गैबी से महमूरगंज तक बिछत आवत हव। इहां पन्द्रह दिन से खुदाई के काम चलत हव। एही कारन इहां के पूरा रास्ता बन्द हव आउर लोगन के दुसरे रास्ते से घूम के आवे जाये के पड़त हव। तो लोगन के कुछ परेशानी उठावे के पड़त हव एतना ही नाहीं इहां सीवर लाइन के साथ साथ पाइन लाइन भी बिछत हव। इ नगर निगम के तहत होत हव। एके पूरा करे के टाइम बीस जुलाई तक हव लेकिन जइसे काम चलत हव तो ओमे कुछ ज्यादा टाइम भी लग सकअला। ए समय बनारस के जइसे हर सड़क के सीवर लाइन आउर पाइप लाइन बिछे के काम चलत हव। आउर बहुत अइसन जगह भी हव जहां पर खुदाई होके छूट गयल।
ब्लाक चिरईगांव के सारनाथ स्टेशन से आशापुर जाये वाली सड़क। इहां से रोज लगभग पाच हजार से भी ज्यादा लोग आवे जाये वाला हयन। इहां गड्ढा होवे के वजह से आवे जाये वाला लोग गिर भी जालन। इहां के दुकानदार अभय आउर प्रमोद के कहब हव कि इ सड़क के खोदा जाये से हमनी के बहुत परेशानी उठावे के पड़त हव। इ सड़क एक महीना से खोदा के एहिसे पड़ल हव। गर्मी के दिन हव आउर जब इहां से गाड़ी गुजरअला तो पूरा दुकान में धूल भर जाला। एहिसे हालत में कुहू केतना बार सफाई करी। एही कारन से ग्राहक भी जल्दी ना अइतन जब से इ खोदा के पड़ल हव हमार साठ हजार के नुकशान हो चुकल हव। विभागन वाले के तो बइठ के पइसा मिलअला तो उ लोग के का समझ में आई। कुछ अइसने हाल पंचकोशी के पास पैगम्बरपुर के हव इहां के राजेश के कहब हव कि पचास साल से सीवर के पानी बहत हव आउर बिमारी फइलावत हव। इहां दू साल से सीवर लाइन तो बिछल हव लेकिन चालू होवे के कउनों नाता नाहीं हव।
जब इ समस्या के लेके नगर निगम के महापौर सचिव डा0 केशव पाण्डेय से पूछाएल तो ओन कहलन कि इ सब काम जल संस्थान वाले देखअलन आउर उ लोग के पास एतना पइसा नाहीं हव कि बनवावे। जब एकरे बारे में जल संस्थान में बात भइल तो उहां केहू के पता नाहीं हव कि इ सब समस्या के के दूर करे आउर इ सब के बारे में केहू बात करे के तइयार ना रहल।