खबर लहरिया वाराणसी सड़क पर बहत पनारा

सड़क पर बहत पनारा

09-01-14 Kasba

रस्ते पर सीवर के पानी

जिला वाराणसी, ब्लाक  हरहुआ, पलहीपट्टी चैराहा।  जहां पलहीपट्टी चैराहा से मंगारी रेलवे क्रासिंग जाए वाली सड़क पर लगभग एक साल से खराब हव। इ रोड लगभग दस किलोमीटर दूर तक खराब हव। लेकिन आज तक इहां प्रशासन के नजर नाहीं पड़ल।
इहां पर आटो चलावे वाले देवा गुरू, बिनित सिंह समेत आउर लोग बतइलन कि  इ सड़क एक साल से खराब हव। लेकिन अभहीं तक कोई भी इ सड़क पर धियान नाहीं देत हव। इ सड़क पर लगभग हजारो गाड़ी चलला। आउर करीब पचास दुकान हव। कभी कभी त आटो भी पलट जाला। हमने कहाँ  कहां कम्पलेन करल जाई। जब कोई सुने तब तो। इहां के विधायक कभी देखे नाहीं अइबे नाहीं करतन। आउर ना तो कभी संसद किशुन राम आवे। इ सड़क पर आदमी कइसे कइसे चलत हव। ओन लोग के का मालूम। ओन लोग त इ सड़क पर अइतन नाहीं।
इ सड़क खातिर के जब विधायक त्रिभुवन राम से पूछायल त ओनकर कहब हव कि सड़क खातिर के पी.डब्ल्यू डी. में प्रस्ताव देहले हई। इ सड़क बनवा देब।