खबर लहरिया वाराणसी मोदी के गोद लेवल गांव में बसपा जीतल

मोदी के गोद लेवल गांव में बसपा जीतल

imagesजि़ला पंचायत के चुनाव हो चुकल हव। जीतल प्रत्याशी खुश हयन तो हारल प्रत्याशी गमगीन। बनारस प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी की संसदीय सीट हव। एसे सबकर नज़र बनारस पर खूब टिकल रहला। नरेंद्र मोदी ने बनारस के गांव जयापुर आदर्श ग्राम योजना के तहत गोद भी लेहले हयन। एसे जयापुर गांव जउन क्षेत्र में पड़ला उ क्षेत्र में कौन पार्टी के समर्थन पाए उम्मीदवार के जीत मिली एपर सबकर नज़र टिकल रहल। वइसे त पूरा बनारस के नतीजा के इंतज़ार रहल। जि़ला पंचायत के चुनाव में अड़तालिस में से नौ सीट पर भाजपा समर्थित उम्मीदवार जीत सकलन। बाकी बसपा आउर दूसरे पार्टी के बोलबाला रहल। कुछे एक सीट पर समाजवादी पार्टी के लोग जीतलन। अराजीलाइन ब्लाॅक के वार्ड नम्बर एक से चुनाव जीतले हयन बसपा के रमेश तिवारी उर्फ गुड्डू तिवारी।

इनसे कइले हई हम कुछ खास बातचीत-
सवाल- जहाँ से आप जीतममे हयन उ क्षेत्र में प्रधान मंत्री मोदी के गोद लेवल गांव जयापुर भी आवला।  जहाँ पर भाजपा के ज़्यादा बोलबाला रहला तो उहाँ  से जीतब कइसन रहल?
जवाब-मेहनत तो करे के पड़ल। एक बसपा का कैडिंडेट होके भाजपा के इलाके से वोट निकालब। आउर वो भी उस जगह से जउन मोदी जी की गोद में पलला – बढ़ला। पर हमके जनता वोट देहलेस आउर हम जीते।
सवाल-आप अपने विरोधी अरूण सिंह के करीब आठ सौ बाइस वोटों से हराया हयन। एकरे खातिर आप कउनों खास योजना बनइले रहलन?
जवाब- खास रणनीति के का कही। सब जगह पर प्रचार-प्रसार करत रहे। एसे पहिले 2010 में भी हम खड़ा भयल रहे। उस समय केवल पांच  सौ वोट से हारल रहे। तब सोचले रहे कि चुनाव में कइसे-कइसे का करे के हव उ सब अनुभव काम आयल। आउर क्षेत्र के सब लोग जानत रहलन। एसे पहिले 2001 से 2005 तक में बिसुनपुर गांव के प्रधान रहे। आउर 2005 से 2010 तक हमार मेहरारू प्रधान रहलीन इ वजह से लोग जानत रहलन।
सवाल-आपके विरोधी भाजपा से खड़ा रहलन। का अइसन कुछ भयल रहल कि उनके भाजपा के तरफ से कुछ मदद मिलत रहल या कइसन रहल उनकर चुनाव प्रचार-प्रसार?
जवाब- अरे! मदद के कहत हईन। मैडम पूरा प्रचार-प्रसार ही भाजपा के समर्थक कइलन। अगर हमरे चुनाव में अइसन होत त हम आउर ज्यादा वोट से जीतीत। जकर सत्ता रही ओकर असर भी त रही।
सवाल-आप चुनाव तो जीत लेहले हयन। अब आपके आगे के का रणनीति होवेे वाला हव? जनता के आप कैसे खुश करे वाला हयन?
जवाब-जइसे हम जीतले हई। जनता हमरे उपर आपन भरोसा दिखइले हव वइसे हम पूरा मेहनत से जनता के समस्या दूर करब ताकि जनता कि इ ना लगे कि उ गलत इन्सान के जीतइले हव।