खबर लहरिया वाराणसी बारिश में जलल टांसफार्मर

बारिश में जलल टांसफार्मर

17-10-13 Kasba Transfarmer

ट्रांसफार्मर में से धुंआ निकलत

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं आशापुर बाजार। इ बाजार में 16 अक्टूबर 2013 के ट्रांसफार्मर में आग लग गएल। जेकरे वजह से कुछ तार जल गएल। आग लगते ही आसपास के लोग के भीड़ इकठ्ठा हो गएल। पुलिस आउर दमकल के वजह से अग पर जल्दी से जल्दी काबू पा लेवल गएल।
इहां के संजय मनीश कौशल के कहब हव कि बारिश के वजह से सुबह नौ बजे अचानक ट्रांसफार्मर में आग लग गएल। तुरन्त पुलिस के खबर करल गएल। इहां करीब तीस लोग रहलन लेकिन सब लोग सुरक्षित रहलन।
इहां के सिपाही ओम प्रकाश सिंह के कहब हव कि जब आग के पता चलल त पहिले बिजली विभाग से लाइन कटवा देहली। दमकल भी सही समय पर आके आग पर काबू पा लेहलेस।