खबर लहरिया वाराणसी बारह साल से सड़क पर बहत हव पानी

बारह साल से सड़क पर बहत हव पानी

10-10-13Kasba Rupanpur

सड़क पर सीवर के पानी

जिला वाराणसी, ब्लाक   चिरईगाव , गावं रूप्पनपुर राजभर बस्ती। इ बस्ती के सड़क बनले बारह साल हो गएल हव। लेकिन अभहीं तक पानी बहे के साधन नाहीं भयल हव। लोग के घर के पानी सड़क पर बहला। अगर इ सड़क पर सीवर बन जात त पानी बहे के आरम हो जात। सड़क पर पानी फइले से लगभग 150 घर के लोग परेशान रहलन। कई बार सभासद से कहायल लेकिन अभहीं तक कउनों सुनवाई नाहीं भयल।
ज्ञानी, मुन्नी, सुशीला इ लोगन के कहब हव कि   इहां हमने एतना दिन से इहां रहल जाला। लेकिन हमने के पानी बहावे के जगह नाहीं हव। हमने के नहाए धोवे वाला पानी सब सड़क पर बहला। एक जगह पानी गिरे से हर समय कीचड़ रहला। आवे जाए में भी परेशानी होला।  हमने हर दूसरे तीसरे दिन साफ करल जाला। ताकि बदबू ना दे। ना साफ करल जाई तो मच्छर भी फइलला। आउर तरह तरह के बीमारी भी फइलला। हर समय गन्दगी भी महकल करला। कभी भी सफाई करे वाला भी नाहीं अइतन। हमने के खुद से सफाई करे के होला।
इहां के सभासद सुजीत मौर्या के कहब हव कि अभहीं तक हमके पता नाहीं हव। जब  गावं वाला हमसे आके कहीयन तब तो। जब गंाव वालन अप्लीकेशन देहीयन तब काम होई।