खबर लहरिया वाराणसी खुलल नाला से होत बीमारी

खुलल नाला से होत बीमारी

18-07-13 kasba hajipurजिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर हाजीपुर बाजार दलित बस्ती। इहाँ के दलित बस्ती के आबादी दू सौ घर हव। जहाँ तीन सौ मीटर तक खुलल नाला हव। इ समस्या दू साल से हव।
रेखा, अंजू, मूर्ती, महराजी , अखिलेश समेत कई लोग के कहब हव कि इहाँ के नाला खलले से हमने के बहुत परेशानी होला। इहाँ के गन्दा पानी आउर कचड़ा बह के दुआरे पर जाला। कभी कभी बच्चन भी गिर जालन। रात के समय त हमनी बहरे सूतल जाला।मच्छर काटल करलन जेकरे वजह से मलेरिया बुखार भी हो जाला। हमनी के पास ना तो मच्छरदानी हव ना तो बिजली हव कि हमने पंखा चला के सुती। हमने रोज कमाए खाए वाला हई। कहाँ से सुई दवाई के पइसा जुटा पाइब। इ नाला के ढके खातिर कई बार प्रधान से कहायल लेकिन अभहीं तक नाहीं सुनलन।
इ सब के बारे में इहाँ के प्रधान रामधनी चैहान के कहब हव कि शुरू में जब नाला बनल रहल त ढकल रहल। लेकिन ए समय आव जाए में टूट गएल हव। हम कोशिश करब कि पन्द्रह दिन में बन जाए।