खबर लहरिया औरतें काम पर बुआ के लइका फेंकलेस तेजाब

बुआ के लइका फेंकलेस तेजाब

10-07-14 mahila mudda Jamalpurजिला वाराणसी, मंडलीय अस्पताल। इहां  पर भर्ती सन्नो सोकर के पूरा शरीर तेजाब से जल गएल हव। सन्नों सोनकर के माई केवला के कहब हव कि सन्नों के बुआ के लइका के काम के लेके झगड़ा कईलन। आउर हमरे लइकी सन्नों के उपर तेजाब फेंक देहलन। अभहीं हमरे लइकी के उम्र 18 साल हव। शादी नाहीं भयल हव। इ झगड़ा कई दिन सेचलत रहल हम कहीं भी दरखाश नाहीं देहले हई। कउनों दुश्मनी भी नाहीं रहल। खाली एक दू बार थोड़ी बात के लेके झगड़ा भयल रहल। मन्टू, अखिलेश, पप्पू एन लोग मिलके हमरे लइकी के जिन्दगी बरबाद कर देहलन। हमरे लइकी के अभहीं इलाज चलत हव। लेकिन पूरा तरह से शरीर खराब हो गएल हव। ए समय ओन लोग घर से भाग गएल हयन। अपने घर पर नाहीं हयन। हमने कोई लोग घरे नाहीं रहे। हमने के तनिको नाहीं मालूम रहल कि हमने के साथे अहिसन हो जाई। अब त हमरे लइकी के जिन्दगी खराब हो गएल। हमरे त समझ में नाहीं आवत कि हम का करी। पता नाहीं कब तक हमार बिटिया ठीक होई।