खबर लहरिया वाराणसी धूम धाम से मनल छठ

धूम धाम से मनल छठ

chhath puja 1उत्तर प्रदेश वाराणसी। मंगलवार को महापर्व छठ के अवसर पर बनारस के घाट पर मेला के जइसन हलचल रहल लेकिन बनारस के गांव  भी पीेछे नाहीं रहल। गंव में पोखरा के किनारे डाला छठ खूब धूमधाम से मनावल गएल।
दुल्हन की तरह सजल पोखरा पर व्रत रखल मेहरारून सूर्य देवता के अघ्र्य देहलिन आउर पूजा अर्चना भी कइलिन। बच्चन भी कहीं से पीछे नाहीं रहलन। शाम आउर सबेरे दूनों समय खूब अतिशबाज़ी कइलन। बनारस के काशी विद्यापीठ, मिजऱ्मुराद, दानगंज, पिडंरा सब जगह पर पोखरा के किनारे पूजा अर्चना कइलिन। मेहरारून अपने लइका के लम्बी उमर खातिर व्रत रखलिन आउर डूबत हुए सूर्य के अघ्र्य देहलिन।