खबर लहरिया वाराणसी सीवर से भी नाहीं बहत हव पानी

सीवर से भी नाहीं बहत हव पानी

20-6-13 kasba kotvaजिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं , गावं कोटवा। सब मामला के बारे इहां के बस्ती के आबादी पैतींस सौ हव। इ सीवर बनले सात साल हो गएल हव। लेकिन पानी पास नाहीं होत। काहें से कि सीवर लाइन दू साल से जाम पड़ल हव।
सब घर के पानी कोई के पोखरी में बह के जाई त कोई के दरवाजे पर बह के जाई। गन्दगी के वजह से मच्छर पनपला जेसे कई तरह के बीमारी होला। आवे जाए में भी परेशानी होला। सफाईकर्मी भी कभी सफाई करे के खातिर के नाहीं अइतन। लक्ष्मन गुप्ता, प्रदीप कुमार, शकुत्तला देवी समेत लगभग आउर लोग के कहब हव कि इ समस्या केतना किद से हव। एकरे वजह से बच्चन अक्सर बीमार पड़लन। कई बार हमने प्रधान से कहली लेकिन अभहीं तक कुछ नाहीं कइलन।
इ सब के बारे में प्रधान शिव पूजन के कहब हव कि अभहीं सफाईकर्मी के ड्यूटी डियम के बंग्ला पर लगल हव जब वहां से सफाईकर्मी आ जहियन त सफाई करवा देब।