खबर लहरिया औरतें काम पर सरकारी अस्पताल में नाहीं मिलत हव दवाई

सरकारी अस्पताल में नाहीं मिलत हव दवाई

जिला वाराणसी, ब्लाक पिण्डरा, गावं देवजीनाज, राजभर बस्ती। इहां के बबिता देवी के कहब हव कि हमार डिलीवरी दस फरवरी 2014 के दिन में 12 बजे पिण्डरा के सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र में भयल रहल। डिलीवरी में जउन दवाई सुई के जरूरत रहल उ सब बाहर के लिखायल रहल। जबकि सरकार के तरफ से हव कि दवाई फ्री में मिले के चाही। आउर डिलीवरी भी फ्री में होवे के चाही।
इहां के लालबहादुर बतइलन कि हमने के नाहीं मालूम हव। डाक्टर साहब हमने के बाहर के दवाई लिखे रहलन। हमने से बाहर से दवाई लिया के अपने रोगी के इलाज करवावल जाला। डाक्टर लोगन त बहरे के दवाई बहरे के लिख देवेलन। जेकरे पास पइसा नाहीं हव उ समय से दवाई लियाके इलाज नाहीं करवा पावलन। इहां से त दवाई नाहीं मिलत। जबकि सरकार के तरफ से एतना दवाई आवला लेकिन रोगी के बाहर के दवाई लिखा जाला। अगर रोगी बाहर से जवन दवाई के खर्चा देवे के चाही उहो नाहीं मिलत। डा. हरिशंकर मौर्या प्रभारी के कहब हव कि अगर जवन दवाई मौजूद नाहीं रहत त बाहर से लिख जाला। पर्ची नाहीं देवल।13-02-14 Mahila mudda asptal