खबर लहरिया वाराणसी सब जगह खुदाई

सब जगह खुदाई

holeबनारस तो अपने अलग अलग हुनर खातिर मशहूर हव। भी सड़क के लेके तो पान के लेके तो कभी अउरों चीज़ खातिर आउर एकर एक ठे खासियत इहो हव कि इहां जाम लगे के भरमार हव सबेरे से शाम तक तनी खिसक खिसक के गाड़ी चली आउर जे भी इ जाम के देखी तो कहीं भइया इ हव बनारस। आउर जाम लगे के समस्या बनारस के एक जगह के नाहीं हव। कुछ एहिसे हाल हव बनारस के मशहूर जगह कैण्ट से लेके रोडवेज तक, तो पाण्डेयपुर चैराहा या देख लअ अन्धरापुल के नीचे या बनारस के अउरों कउनों जगह लेला। आउर अगर कउनों चैराहा पे पुलिस रही तो उ अइसे हाथ देई कि सब गाड़ी वाला एक साथ फस जाये कभी कभी तो इहां चैराहा के पुलिस चारों तरफ से हाथ देवे लगअला। जवने कारन कभी कभी भारी दुघर्टना होवे के भी आशंका रहअला। आखिर सरकार इ सड़कन पे पुलिस का करे लगावला। कि सब पुलिस धियान ना देवे आउर सबकर गाड़ी एक ही में लड़त रहे। आउर इहां के जनता अइसन हव कि चैराहा के पुलिस के सड़क पे रस्सी बांध बांध के गाड़ी पार करावे के पड़अला। एतना जाम लगल रहअला कि कोई के कहीं पहुचे रही आधी घण्टा में तो ओके आवत आवत डेढ़ घण्टा लग जाई। आखिर इ सब के पीछे केकर कमी हव कि अन्धाधुन्ध जाम लगअला। आउर बनारस के इ हाल के सुधारे में जब तक जनता आउर प्रशासन मिलके ठीक से काम ना करी तो कउनों कीमत पे इ हालत के सुधारल नाहीं जा सकत। इ समस्या के दूर करे खातिर प्रशासन के साथ जनता के भी सहयोग करे के पड़ी।