खबर लहरिया वाराणसी सड़क बन जात नींक के

सड़क बन जात नींक के

05-09-13 Sampadkeey sadak

सड़क के गड्ढा गड्ढा पानी

जिला वाराणसी। जगह जगह सड़क खराब होए से आए दिन दुर्घटना आउर साधन पलटत हव। लेकिन शासन प्रषासन वाले हाथ पर हाथ रख के बइठल हयन। विभाग में बात करे जा त ओनकर एकही जवाब रहला अभहीं बजट नाहीं आएल हव। बजट आई त बनवा देब।
सरकार हर पांच साल में जनता के झूठा भरेसा देला। जबकि कउनों विकास नाहीं करवावत। सड़क के समस्या बनारस के छोटा से छोटा सड़क से लेके शहर के मुख्य सड़क के हव। बनारस के पाण्डेयपुर से आजमगढ़ जाए वाली सड़क दू साल से पाँच किलोमीटर तक खराब हव। लेकिन अभहीं तक नाहीं बनल हव। जबकि इ सड़क से रोज लाखो आदमी सफर करलन। इहां के विभाग के सड़क के समस्या नजर नाहीं आवत। जब शहर के सड़क के इ हाल हव त गावं के सड़क के का हाल होई। यही हाल हरउआ ब्लाक के मोहाव चैराहा, पलईपट्टी, बड़वापुर गावं के हव। इहां के सड़क लगभग पांच साल से खराब हव। रोज इ सड़क से लगभग पांच हजार लोग गुजरलन।
आखिर बनारस के सड़क खातिर के इहां के सरकार कब जागी। का अहिसही सड़क से रोज आवे जाए के पड़ी। बनारस के हर डाइवर यात्री के सड़क बने के इन्तजार हव।