खबर लहरिया वाराणसी सड़क पर सरकत लोग

सड़क पर सरकत लोग

04-07-13 gaav Rustampurजिला वाराणसी, ब्लाक,चिरईगावं गावं रूस्तमपुर सड़क। इहां के सड़क खुदाई भइले चार महीना हो गएल हव। इ सड़क लगभग दू किलोमीटर तक खुदल हव। इहां के सड़क आउर सीवर पर मिट्टी डाल के छोड़ देवल गएल हव।
ए समय त बारिश से मिट्टी एकदम चिकना हो गएल हव। जेसे आवे जाए वालन फिसल के गिर जालन। इ सड़क लगभग हजारो लोग रोज आवल जाल करलन। गाड़ी साइकिल वालन त आए दिन गढ्ढा में गिरल करलन। इहां के रहे वाले सरस्वती देवी, अवधेश, रामेश्वर लालजी, रामजी समेत कई लोग बतइलन कि इहां पर रोज कुछ ना कुछ हादसा होल करला। कोई के पैर फैक्चर हो जाई त कोई के हाथ। त कोई के कपार फूट जाई। इ सड़क त दुर्घटना के कारण बन गएल हव। दिन में कइसो लोग आवल जाल करलन। लेकिन रात में त समझ में नाहीं आवत कि कइसे सब आई जाई। कई बार प्रशासन आउर विधायक से कहायल लेकिन कुछ ना भयल।
जब इ बात विधायक उदय लाल मौर्या से पूछायल त उ बतइलन कि अबहीं त पाइप लाइन के खुदाई करके पड़ल हव। कोशिश हव कि जल्दी बन जाई।