खबर लहरिया वाराणसी सड़क खराब से परेशान लोग

सड़क खराब से परेशान लोग

24-10-13 GaavMahavee oad

इ हाल हव सड़क के

जिला वाराणसी, ब्लाक हरहुआ, महावीर बाजार। धुरीपुर से सथवं जाए वाली दू किलोमीटर दूर तक के सड़क तीन साल से खराब हव। इ सड़क से करीब पच्चीस हजार लोग रोज आवल जाल करलन। सड़क खराब होवे से लोग के बहुत परेषानी के सामना करे के पड़ला।
विनय पाल, फौजदार के कहब हव कि इ सड़क के बनले बीस साल हो गएल हव। इ सड़क के बनले के बाद एपर खाली मिट्टी फेंक के छोड़ देवल गएल हव। ओकरे बाद से उ सड़क पर कोई धियान नाहीं देहलेस। सड़क खराब होवे से आवे जाए वालन के बहुत दिक्कत के सामना करे के पड़ला। गिट्टी पर साइकिल के पहीया पड़े से पहिया भी भस्ट हो जाला। सड़क खराब होवे से आए दिन एक्सीडेंट के खतरा बनल रहला। जब कभी पानी बरसला त सड़क के गढ्ढा में पानी भर जाला। लेकिन कोई एके बनवावे के नाम नाहीं लेत हव।
इहंा के प्रधान रिंकू वर्मा के कहब हव कि चार साल पहिले इ सड़क बनल हव। हमेषा प्रस्ताव विधायक के पास भेजल जाला। लेकिन जब सड़क बने तब तो। विधायक उदयलाल मौर्या के कहब हव कि एक साल में एक करोड़ मिलला। तब हमने छोटा मोटा काम करल जाला। एतनी लम्बी सड़क नाहीं बनवा सकीला।