खबर लहरिया वाराणसी वादा हव – 31 मई तक चमकी सड़क

वादा हव – 31 मई तक चमकी सड़क

जिला वाराणसी,नगर क्षेत्र पाण्डेयपुर से भोजूबीर जाए वाली सड़क। इहां से भोजूबीर जाए वाली सड़क लगभग एक साल से खराब पड़ल हव। इ सड़क हर समय व्यस्त रहला। नेता विधायक सबकर गाड़ी इ सड़क पर गुजरल करला। तब पर भी इ सड़क के इ हाल हव।

इहां के पप्पू, अशोक, गड़पत, चनी इ सब लोगन के कहब हव कि इ सड़क पर हमेशा लोग आवल जाल करलन। लेकिन कोई के भी इ समस्या नाहीं देखात हव। इहां पर गढ्ढा हव। आउर गढ्ढा के बीच में बड़ा बड़ा पत्थर रख्ख्ल हव। दिन में त लोग बचा के चल जालन लेकिन रात के समय रोज हादसा हो जाला। ए समय जब जनता के वोट लेवे के हव त सब लोग हम इ कर देब हम इहां काम कर देब। कहत त हव लेकिन वोट बीतले के बाद कोई भी नजर ना आई। पी. डब्ल्यू. डी. विभाग के अधिकारी के कहब हव कि अभहीं मीटिंग भयल हव। जेतना भी सड़क खराब हव 31 मई 2014 तक बन जाई।