खबर लहरिया वाराणसी लोहिया ग्राम पंचायत में बनी आवास

लोहिया ग्राम पंचायत में बनी आवास

baba

वाराणसी जिला। जिला में दू महीना पहिले डा0 राम मनोहर लोहिया योजना के तहत लोहिया ग्राम पंचायत में आवास की सुविधा सरकार दू महीना से लागू कइले हव। इ योजना हव कि अगर लोग के नाम बी.पी.एल. सूची में नाहीं हव आउर उ लोहिया गांव में आई तो ओके आवास के सुविधा मिली। आउर उन्नीस लोहिया गांव चुनल गयल हव।
इ योजना खाली उ लोग के मिली जेकर सलाना आमदनी छत्तीस हजार रूपइया से कम होई। आउर इ योजना के लाभ ओके मिली जेके इन्दिरा आवास ना मिलल होई। इ योजना के तहत एक लाख पैतालिस हजार रूपइया मिली। जवने में आवास बनवावे के नियम अइसन हव कि एक लाख आवास खातिर मिली। आउर जेके आवास मिली ओके बीेस हजार रूपइया के मजदूरी करे के पड़ी। पन्द्रह हजार रूपइया सौर उर्जा खातिर के मिली। आउर शौचालय बनवावे खातिर दस हजार रूपइया दियाई। एकर जानकारी जिला परियोजना निर्देशक इन्द्रदेव बतइलन।