खबर लहरिया Uncategorized मोदी अइलन बनारस

मोदी अइलन बनारस

02-01-13 mahila modi

मोदी के शंखनाद रैली में आइल मेहरारू

जिला वाराणसी। राजातालाब के खजूरी में 19 दिसम्बर 2013 के भाजपा के नेता आउर भारत के प्रधानमंत्री बने सपना देख रहल नरेन्द्र मोदी विजय  शंखनाद  नाम के रैली के सम्बोधित करे खातिर के आएल रहलन। इ रैली में हजारों के संख्या में लोग आएल रहलन। सैकड़ो के संख्या में मेहरारू भी रहलीन। जेमे कुछ लोग के कहब रहल कि जब वोब् चहला त सबके गावं गावं तक जाए के मौका रहला। लेकिन जीत जालन त जनता के बात सुने के भी मौका नाहीं रहत।
इ रैली में आइल अर्चना, मंजी, राधिका इ सब लोगन के कहब हव कि नेता लोग आके हाथ पैर जोड़ीयन। तमाम बात करीहन। लेकिन जीतले के बाद जब  वालन आउर गरीब लोग जालन त सब कुछ भुल जालन। न गरीब लोग याद रहीयन ना कुछ याद रही। याद रही त खाली आपन कुर्सी।
एतना योजना आवत हव। लेकिन सब खाली नाम के गरीब के हव। फायदा त अमीर लोग के होत हव। अमीर के सब पूछे वाला हव लेकिन गरीब के के पूछेवाला हव। हर समय होल करी कि गंगा के सॅाई होई लेकिन नाहीं। गंगा सब कर मैल साफ करीहन लेकिन गंगा के सफाई कोई ना करी। एक समय रहल जब बनारसी साड़ी के धूम रहल लेकिन अब कोई पूछे वाला नाहीं हव।