खबर लहरिया वाराणसी मजदूरी मिले के उम्मीद नाहीं

मजदूरी मिले के उम्मीद नाहीं

f gawn khonepur

जिला वाराणसी, ब्लाक काशी चोलापुर, गाँव  खोनपुर। इहां नरेगा में काम करे वाला लगभग अस्सी मजदूर चार महीना पहिले नरेगा के तहत पी.डब्ल्यू.डी के तरफ से बनल सड़क के किनारे मिट्टी फेके काम कइले रहलन। जेमे के कई मजदूर के ओनकर मजदूरी नाहीं मिलल हव। जेसे ओन लोग के बहुत परेशानी के सामना करे के पड़अला।

शुगनी, शियाराम, गीता, राजकुमार, पबारू समेत कई लोग के कहब हव कि जनवरी में जाड़ा पड़त रहल। ओही जाड़ा में कइसो केइसो हमनी मिट्टी फेकली। फिर भी हमनी के ओकर मजदूरी नाहीं मिलल। केहू के एक हजार मजदूरी मिलल हव तो केहू के पन्द्रह सौ केहू के तो उहो ना मिलल हव। मजदूरी खातिर कई बार प्रधान से कहायल कि मजदूरी दिवादा। तो प्रधान कहलन कि हम सारा पइसा के भुगतान कर देहले हई।

प्रधान कमला देवी के कहब हव कि मिट्टी फेके काम खाली पन्द्रह मजदुर के करे के रहल आउर जब गांव में कहायल तो पुरा गांव उलट गयल। आउर जब ठेकेदार मजदूरी जोड़लन तो तीन लाख रूपइया हो गयल। जेतना पइसा रहल दियायल का हम अपने घरे से मजदूरी देई।