खबर लहरिया वाराणसी बिना शौचालय के बस्ती

बिना शौचालय के बस्ती

18-07-13 gaav saraymohanaजिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं ,गावं सरायमोहाना। इहाँ के मल्लाह बस्ती में एक भी शौचालय नाहीं हव। लगभग एक पीढ़ी से लोग खुला में शौच करे खातिर के जालन। इहाँ लगभग बारह सौ के आबादी हव।
नेहा, पूनम, तारा, कौशल्या समेत कई लोग के कहब हव कि हमनी एही खुले मैदान में शौच करे खातिर के जाइला। हमनी के बहुत परेशानी होला। उ भी जवन खेत हव उ सरकारी कैम्पस के हव। अगर उ लोग भी बाउण्डीª करवा लेहियन त उहो शौचालय खातिर के कहीं जगहा ना मिलि। रात आउर भोर में त कइसो कइसो गुजर हो जाला लेकि दिन में त तनिको जगहा नाहीं मिलत। कई बार हमने गावं के प्रधान से कहली लेकिन जब ओन सुने तब तो।
इ सब के बारे में प्रधान सोनिया साहनी के पति शम्भू साहनी के कहब हव कि हम कम से कम पचासन बार प्रस्ताव देहली लेकिन अभहीं तक कुछ नाहीं भयल। 2013 में फिर से सौ शौचालय के प्रस्ताव देहले हई। पास हो जाए तब तो।
इ सब के बारे में विकास खण्ड अधिकारी सतीश कुमार मिश्रा के कहब हव कि अभहीं हमार हाल ही में नियुक्ति भयल हव। हमके कुछ विशेष जानकारी नाहीं हव।