खबर लहरिया वाराणसी बाढ़ के पानी घर में घुसत

बाढ़ के पानी घर में घुसत

01-08-13 V. Saaiya

बाढ़ से डूबत घर

जिला वाराणसी, नगर क्षेत्र सरइया, अमरपुल मुस्लिम बस्ती। सरइया, अमरपुर गावं में बाढ़ के पानी आवे से पचास घर डूब गएल हव।
जमाल अख्तर, अफसाना, मतीन अहमद, जुबैद समेत कई लोग के कहब हव कि ए समय रोजा के समय के हव। उपर से त्यौहार। हमने के कुछ सामान त बाढ़ में बह गएल। एन लोग के कहब हव कि आज से तीन साल पहिले भी बाढ़ आएल रहल लेकिन प्रषासन कुछ नाहीं कइले रहल। अबकि बारी फिर आएल हव। समय त हमनी के बुनकारी के काम भी नुकसान हो गएल हव। सभासद अहियन देख के चल जहियन।
सभासद आयषा के पति फारूक के कहब हव कि अभही तक बाढ़ अपने पेटा में हव। फिर भी उ लोग के रहे खाए के व्यवस्था हो गएल हव। सरइया के पाठषाला आउर मदरसा में रहे के खाए पिए के आउर दिया सलाई, तेल मोमबत्ती सब चीज के व्यवस्था करवा देहले हई। बाढ़ खत्म भइले पर लेखपाल के बुला के लिखा पढ़ी करवा के सरकार से मुआवजा दियाइब।
अगर पूरी तरह नष्ट हो जाए त पक्का घर के 70 हजार रूपिया आउर कच्चा घर के 15 हजार रूपिया सरकार देई। आउर नुकसान भइले पर घर के 6300 रूपिया तक मिले के चाही। इ राहत राज्य आपदा मोचन निधि के तहत जारी करल जाला।