खबर लहरिया औरतें काम पर बच्ची के साथ जबरदस्ती

बच्ची के साथ जबरदस्ती

जिला वाराणसी, ब्लाक हरहुआ, गावं उदयपुर ढरकार बस्ती। 21 साल के लइका 6 साल के लइकी के साथे 13.09.2013 के बलात्कार करे के कोशिश कइलेस। जब पुलिस के पता चलल त शिकायत के आधार पर लइका के जेल में डाल देहलेस।
लइकी के कहब हव कि जब हम टीपू के साथे आवत रहली त ओन हमके घासी में ले जाके हमरे साथे गन्दा काम करत रहलन। तब जब हम घरे गइली त अपने माई बाउ से कहली कि टीपू हमके अइसे करत रहलन।
लइकी के माई चन्दा देवी आउर बाउ पप्पू के कहब हव कि हम अपने लइकी के लेके बेलवा बाबा के पास बुरादा के दुकान पर बुरादा लेवे खातिर के गएल रहली। आवत के समय रस्ते में अल्लोपुर के टीपू साइकिल से आवत रहलन। ओनसे हमने के पहिले से जान पहचान भी हव। हम सोचे के दूर जाए के हव एही से हमने ओनसे कहली कि अगर घरे के तरफ जात हव त हमरे लइकी के भी बईठा के लेले चला। ओकरे बाद जब हमने घरे आए त हमार लइकी हमसे कहे लगील कि पप्पू हमके घास में ले जाके हमरे साथे गन्दा काम करत रहलन।
हम अपने लइकी के लिया के चन्दापुर पुलिस चैकी पर गइली। वहां चोलापुर थाना पर रिपोर्ट पर लिखवाय। पुलिस लइकी के बयान लेहलेस।
जब एकरे बारे में टीपू से पूछायल त टीपू के कहब हव कि उ साइकिल पर आगे बइठे खातिर के मार करत रहील। तब हम ओनसे कहे कि पीछे बइठ। जब नाहीं मनलेस तब हम ओके गुस्सा में दू तमाचा मार देहली। आउर कउनों काम नाहीं कइले हई। हमके फसावल जात हव।
चोलापुर के थाना इंचार्ज संजय सिंह के कहब हव कि रिपोर्ट के अनुसार लइका के लिया के जेल में बन्द कर देहले हई। मुकदमा हो गएल हव। मेडिकल रिपोर्ट अभहीं तक नाहीं आएल हव। जब मेडिकल रिपोर्ट आ जाई त आगे के कार्यवाही होई।mahila mudda