खबर लहरिया औरतें काम पर पेपर मोड़ के चलत खर्चा

पेपर मोड़ के चलत खर्चा

जिला वाराणसी, नगर क्षेत्र पाण्डेयपुर छोटा लालपुर। इहां के सविता देवी के कहब हव कि इहां लगभग तीस साल पेपर मोड़े के काम करीला। इ काम लगभग सात घर के मेहरारू करलीन।
सविता देवी के कहब हव कि इ काम हमने बहुत दिन से करल जात हव। इ काम हमने छह रूप्या दर्जन करल जाला। मालिक आवलन त हमने के सामान देके जालन। जब हमने बना देवल जाला त मालिक आके ले जालन। इहां आउर कउनों काम नाहीं हव त घर घर के मेहरारू एही काम करलीन। हमने सोचल जाला कि दू पइसा हमने के पास रही त हमने के काम देई। आदमी के आसरे भी हमने केतना रहल जाई। ओन लोग भी कमहीयन त घर के खर्चा त मुष्किल से चलला। अगर दू पइसा के काम हमनों करल जाई त कउनों काम में सहारा हो जाई।