खबर लहरिया औरतें काम पर पूजा करे के बनावत जनेव

पूजा करे के बनावत जनेव

12-09-13 Mahila mudajanev

जनेव बनावत मेहरारू

जिला वाराणसी, ब्लाक हरहुआ, गावं गोसाईपुर मौर्या बस्ती। इ बस्ती में पन्द्रह घर के मेहरारू लोग जनेव बनावे के काम करलीन। इ काम केहू दस साल से करत हव त केहू पन्द्रह साल से। हर शुभ काम में जनेव के उपयोग होला।
इहां के रामा देवी बतइलिन कि जनेव एक सांसारिक प्रतिष्ठान हव। जनेव ग्रहण करे वालन लोग भक्त हो जालन कि मांस मछली कुछ भी नाहीं खइतन। जनेव पण्डित लोग ज्यादा पहिनलन। शादी विवाह में जनेव ग्रहण करे वालन लोग अशुभ काम से दूर रहलन। इ मेहरारू लोग बतावलीन कि जनेव पीला धागा के बनला। मालिक लोग आवलन देके जालन। फिर जब हमने बना लेवल जाई त आके ले जालन। जनेव बनावे के एक बण्डल के तीन रूपिया मिलला। हमने के घर में कउनों काम नाहीं रहत। हमने दिनभर में नौ बण्डल बना लेवल जाला।