खबर लहरिया वाराणसी नीचा होवे से सड़क भराल पानी से

नीचा होवे से सड़क भराल पानी से

27-03-14 Kasba Sarang talab

कब तक जाये के पड़ी ई रास्ता से

जिला वाराणसी, नगर क्षेत्र पचक्रोशी मार्ग सारंग तालाब सड़क। इहां के सड़क पहडि़या मण्डी से लेकर नदी
तक लगभग दू साल से खराब हव। जेमन जगह जगह गढ्ढा हव आउर सड़क नीचा होवे से सब जगह पर
पानी भरल हव। जीयन श्रीवास्तव, भरत लाल पटेल, सुनीता, कमला प्रसाद भाई लाल समेत कई लोगन के कहब हव कि इ समस्या हमेशा रहला। कहीं पर पानी भर जाई त कहीं पर गढ्ढा रहला। सड़क नीचे होवे से पानी भी ठीक से नाहीं पास हो पावत। इ सड़क से रोज हजारें लोग आवल जाल करलन तब पर भी इ सड़क के कउनों सुनवाई नाहीं होत हव। सभासद भी इ रास्ते से रोज आवल जाल करलन। मगर ओनके भी नाहीं समझ में आवत हव। वोट लेवे खातिर के सब कुछ होई लेकिन काम करे खातिर के कुछ ना होई। इ सब के बारे में सभासद सत्यम प्रकाश सिंह के कहब हव कि इ सड़क के ठेका एल. एस. टी. कम्पनी के देवल हव। जवन कि दू साल हो गएल हव इधर नजर नाहीं डालत हव। इ सब हमरे हाथ में नाहीं हव।