खबर लहरिया वाराणसी नियम के निगरानी पर सुस्त विभाग

नियम के निगरानी पर सुस्त विभाग

13-02-14 Taza pandaypurजिला बनारस में सरकारी दिशा – निर्देश के अनदेखा कर आटो आउर विक्रम चलावे वाला मनमाना किराया वसूलत हयन।
जबकि सरकारी विभाग राज्य परिवहन प्राधिकरण के तरफ से आटो आउर विक्रम में मीटर के साथ साथ किराया के लिस्ट भी चिपकल रहे के चाही। लेकिन देखल जाए त इंहा पर कुछ नाहीं होत हव। आटो आउर विक्रम वाले अपने मन से किराया ले रहल हयन। जब यात्री लोग नियम से आटो चलावे के कहियन तो आटो आउर विक्रम चलावे वाला कहलन कि इ नियम दिल्ली आउर बम्बई में चलला। इहां नाहीं चलत। कुछ आटो वाला कहियन कि अगर इ नियम चालू हो जाई त हमने के घाटा होई।
विभाग त नियम निकाल देहले हव। आउर नियम निकलले के बाद ठप हो गएल हव। दोबारा कभी भी धियान नाहीं देतन कि नियम  कहाँ तक चलत हव। यातायात पुलिस वाले भी धियान नाहीं देतन कि आटो वालन कइसे चलावत हयन। ओमे मीटर हव कि नाहीं। मनमानी किराया वसूललन। कभी कभी त किराया के लेके झगड़ा भी हो जाला। कउनों भी नियम सख्ती से लागू ना होवे से आटो चालक आउर यात्री के बीच में लड़ाई झगड़ा गाली गलौज भी हो जाला।