खबर लहरिया वाराणसी नाहीं हव सोकता

नाहीं हव सोकता

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलपुर छित्तमपुर बाजार। इहां पर हैण्डपम्प हव लेकिन सोकता नाहीं हव। दू साल से पानी सडऋक पर फइलत हव।
संजय, कलमोहनी इ सब लोगन के कहब हव कि इहां पर हैण्डपम्प त हव लेकिन सोकता नाहीं हव। जनता पानी त पी। लेकिन जब कीचड़ रही त आई जाई कइसे। ए समय सड़क भर पानी भरल हव त बरसात अरई त का होई। हमने के त पानी बहावे के साधन नाहीं हव। कई बार प्रधान से कहे लेकिन कउनों सुनवाई नाहीं भयल।
प्रधान गुलाब यादव के कहब हव जब मिस्त्री लेबर मिल जहियन त काम हो जाई।