खबर लहरिया वाराणसी दुर्गा पूजा के तैयारी में हटल दुकान

दुर्गा पूजा के तैयारी में हटल दुकान

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, चैबेपुर बाजार। इहां दुर्गा पूजा के तैयारी पर ठेला आउर दुकान लगावे वालन के हटा दियल गएल हव। सालो से चलल आ रहल इ पूजा पर अइसन पहली बार भयल हव कि एन लोगन के हटा दियल गएल हव। जेकरे कारण ओन लोग के आपन दुकान लेके इधर उधर भटकत हव।
इहां के बबलू मौर्या, जितेन्द्र सोनकर, विजय कुमार इ लोगन के कहब हव कि इहां हमने कोई तीन साल से त कोई पांच साल से त कोई पच्चीस साल से दुकान लगावत हई लेकिन अभहीं तक कोई हटइले नाहीं रहल। इ साल हमने के इहां से हटा देवल गएल हव। जहंा हमने दुकान लगावत रहे वहां अब गाड़ी मोटर खड़ा होत हव। जब इ कूड़ा के पास दुकान लगावल जाई त हमने के परिवार के पेट चली नाहीं त हमने के दिनभर भटके के होला।
दुर्गा पूजा समिति के सदस्य राकेश कुमार के कहब हव कि जहाँ दुर्गा पूजा होला उ जमीन समिति के हव। इ लोग हमेशा से इहां करत खात हयन। जब पूजा आई आउर एन लोगन से चन्दा खातिर के कहल जाई त आज कल करीयन। कोई दस त कोई गयारह रूपिया देला। कुछ लोग सब्जी, कुछ लोग, फल, कोई नमकीन के दुकान ठेला पर लगावला। पांच अक्टूबर से दुर्गा पूजा शुरू होई।
इहां के प्रधान मनोज सेठ के कहब हव कि जगह कम होत रहल एही से ओन लोग के वहां से हटा दियल गएल हव। जब रामलीला खत्म हो जाई त सब लोग अपने जगह पर दुकान लगहियन। वहीं पर दुर्गा पूजावहीं पर ठेला आउर वहीं पर आटो रिक्शा से एक्सीडेंट होए के डर से हटा देवल गएल हव।03-10-13 Choubepur Durga