खबर लहरिया औरतें काम पर जान बचावे में गइल जान

जान बचावे में गइल जान

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गांव ढकवा। बी.ए. प्रथम वर्ष में पढ़े वालिन परीक्षा देवे जात के मैजिक पर से दू लइकिन कूद गइलिन जवने कारन कुछ समय बाद दूनों लइकिन के मउत हो गइल।
ढकवा के रूपचन्द निषाद के लइकी आउर राम कुमार के लइकी गुडि़या रजवाड़ी के हरिश्चन्द डिग्री कालेज में परीक्षा देवे जात रहलिन अउर सड़क पे आटो के आसरा देखत रहलिन। लेकिन समय पर आटो ना मिले से परीक्षा झूट जाये के डर से एक ठे माल ढोवे वाला मैजिक के रोकअलिन। जवने में डाइवर चन्द्रावती के निजामुद्दीन पण्डापुर के राजेन्द्र यादव आउर उगापुर के नखड़ू यादव बइठइले रहलन। आउर दूनों लइकिन के बइठा के स्कूल ले जात रहलन जब स्कूल आयल तो दूनों लइकिन गाड़ी रोके के कहलिन। जब गाड़ी नाही रूकल तो लइकिन गाड़ी से कूद गइलिन। लइकिन के कूदत के देख आस पास के लोग इकट्ठा हो गइलन। दूनों लइकिन के लेढ़ूपुर के मेरेडियम अस्पताल में भर्ती करवावल गइल। आउर कुछ लोग मिलके मैजिक के रोकलन। शाम के गुडिया आउर ओकरे अगले दिन सुबह गीता के मउत हो गइल। इ सब के बारे में चैबेपुर थाना के सब इन्स्पक्टर अनिल कुमार मिश्रा के कहब हव कि गलती ड्राइवर के हव। आउर ओकरे उपर अपहरण के मुकदमा दर्ज हो गइल हव। काहे से कि उ गाड़ी स्कूल के पास नाहीं रोकलेस। इ लोग के चलान हो गयल हव आउर जेल लेके जात हई।