खबर लहरिया वाराणसी जब देखा त शौचालय हैण्डपम्प बिगड़ल रहला

जब देखा त शौचालय हैण्डपम्प बिगड़ल रहला

Gaave school

बिगड़ल पड़ल स्कूल के हैण्डपम्प

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गाँव बेला आउर देवरिया ताड़ी आउर मोलानापुर। इहां के सरकारी स्कूल के शौचालय में ताला पड़ल हव। हैण्डपम्प के भी मरम्मत नाहीं होत हव। लेकिन इ समस्या ना तो प्रधान के देखात हव ना तो कउनों अधिकारी के।
ताड़ी के सतीश के कहब हव कि हैण्डपम्प खराब रहे से बच्चन पानी पिए खातिर के इधर उधर छटपटाल करलन। इहां के टीचर के कहब हव कि शौचालय खाली नाम भर के हव। कहीं भी इहां पर शौच के जगह नाहीं हव। अगर बच्चन के शौच लगी त उ सब कहाँ जहियन। जगदीशपुर के राधा, पुष्पा, कल्लो इ सब लोगन के कहब हव कि इहां पर शौचालय हव लेकिन इ सब खाली इहां के टीचर खातिर के हव। तारा, सुनीता इ सब लोगन के कहब हव कि सरकार के वोट लेवे के रही त गावं में बार बार अहियन। नाहीं त ओकरे बाद गाँव भुला जाई।
हेडमास्टर राम आसरे यादव देवरत मिश्रा के कहब हव कि सरकार के तरफ से मरम्मत खातिर के कउनों सुविधा नाहीं मिलत हव।बी. आर. सी. विभाग के कहब हव कि स्कूल खातिर के एक साल में पाँच हजार के बजट आवला। ए समय अस्सी हजार स्कूल के हैण्डपम्प आउर शौचालय खातिर के हर ग्राम पंचायत में आएल हव।