खबर लहरिया वाराणसी जनता के ललचावत सरकार

जनता के ललचावत सरकार

07-02-14 Gaav Singhpur

ई हव हमने के घर

जिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं, गावं सिंहपुर के दलित बस्ती। इहां के लोग के रहे के घर नाहीं हव लोग मिट्टी के घर में रहत हयन। लेकिन उ भी गिरत भहरात हव। लगभग एक हजार आबादी वाले इ जगह में पीढ़यों से आवास नाहीं हव।
छोटेलाल भारतीय, पप्पू पियारी, शान्ती देवी इ लोगन के कहब हव कि इ समस्या खातिर के हमने कई बार सभासद से कहली। लेकिन कभी कउनों सुनवाई नाहीं भयल। लोग खाली टाल मटोल करलन। सबसे ज्यादा बरसात में परेशानी होला। ठण्डी आउर गर्मी त कइसो कइसो बीत जाला।
इ सब के बारे में सभासद अजय जैन के कहब हव कि एक सयाल से प्रस्ताव पर प्रस्ताव डालत हई सरकार काम बस कहे भर के हव। कागज पर योजना बन के पड़ल हव।