खबर लहरिया औरतें काम पर चुनाव आवत, नेता के नजर जनता पर

चुनाव आवत, नेता के नजर जनता पर

30-01-14 Mahila Hajipur

इ नेता लोग के देखत देखत बुढ़ापा आ गएल

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गावं हाजीपुर। इहां के कुछ मेहरारू के कहब हव चुनाव आउर रैली कहीं पोस्टर त कहीं झण्डा लेके जनता के भरमावत हयन। अभहीं कहीं गरीब के दुआरे मरनी पर जाए त इहां के प्रधान नाहीं लउकीहन नेता विधायक दूरे हयन।
इहां के सुस्मा, मनखाडी, महराजी यह लोगन के कहब हव कि एतना नेता आवत हयन लेकिन कोई यह नाहीं देखत आवत हव कि गरीब खइले बिना मरत हयन कि खात हयन। सरकार जवन देत हव उ गावं वालन के मिलत हव कि नाहीं। जैसे मनरेगा में काम मिलत हव या मजदूरी मिलत हव या राशन सही मिलत हव या मिट्टी के तेल या शौचालय या आवास लगभग हमने त कुछ पावे लायक हई। यह देखे कोई नाहीं आवत हव। यह समय खाली नेता के झण्डा लउकत हव।
सब गरीब से खाए वाला हव। इहां तक की हद से ज्यादा घुस चलत हव। जवने में एक रूपिया नाहीं लगी। वहाँ दस हजार के मांग चलत हव। यह सुविधा अमिर बदे आवत हव। गरीब हजार पांच सौ देहियन त ना हव।