खबर लहरिया वाराणसी गावं के आदमी, गावं में चोरी

गावं के आदमी, गावं में चोरी

05-09-13 Kasba Chori

हमरे घर में भयल हव चोरी

जिला  वाराणसी, ब्लाक हरहुंआ, आयरे बाजार बनवासी बस्ती। इहां के बनवारी के कहब हव कि गावं के विनोद, गुड्डू नाम के आदमी 17 अगस्त 2013 के रात के सुतले समय रूपिया आउर लइकी के रकम पताई लेके भाग गएल हयन। एही कारण चोलापुर थाना में 2 सितम्बर 2013 के रपट लिखवइले हई।
बनवारी के मेहरारू मुनिया के कहब हव कि हमरे लइकी के शादी मई 2013 में भयल हव। अभहीं दुबारा विदाई दुर्गा पूजा वाले दिन क दिन तारीख रखयल हव। गावं के विनोद आउर गुड्डू हमरे घर में 17 अगस्त 2013 के रात में घुस के हमरे लइकी के लगभग तीस हजार के रकम पताई चोरा ले गईलन। हम रात में ओन लोग के पहचान लेहली। एही से आयरे चैकी पर चार बार दउड़ के गइली लेकिन सुनवाई नाहीं भयल। तब हम 2 सितम्बर 2013 के चोलापुर थाना में रपट लिखइली।
चोलापुर थाना के एस. ओ. के कहब हव कि  जाँच करवाके कार्यवाही करल जाई।