खबर लहरिया वाराणसी कहाँ जायल जाए शौच खातिर के

कहाँ जायल जाए शौच खातिर के

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गावं ढकवा। इहां के साहनी बस्ती में करीब पैतिंस घर हव। लेकिन इहां पर एक भी शौचालय नाहीं हव। इहां के लोग के कहब हव कि शौचालय ना होवे से हमने के नदी के किनारे या फिर खेत में जाए के पड़ला।इहां के मेहरारू आउर आदमी लोगन के कहब हव कि शौचालय ना होवे से हमने के बहुत दिक्कत होत हव। ए समय सब खेत भी बोवल जोतल हव। जेकरे भी खेत में जायल जाई उ गाली देवे लगी। एही सब से हमने के नदी के किनारे शौच करे खातिर के जाए के पड़ला। प्रधान से कहत कहत त हमने के मुंह थक गएल हव। लेकिन का करल जाय जब प्रधान सुने तब तो।प्रधान महेन्द्र प्रताप सिंह के कहब हव कि नया में त शौचालय नाहीं आवत हव लेकिन पुराने में शौचालय आवत हव।