खबर लहरिया वाराणसी कभी भी हो सकला दुघर्टना

कभी भी हो सकला दुघर्टना

DSCF3841

सड़क पर फैलल हव पानी

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर मुनारी बाजार। इहां करीब पांच सौ मीटर तक सड़क खराब हव। जेकरे कारण इहां आवे जाए वालन आउर इहां दुकान लगावे वालन के बहुत परेशानी के सामना करे के पड़ला।
इहां के मनोज, कतवारू, दुखन इ सब लोगन के कहब हव कि जउन सड़क सही हव सरकार उ सड़क के खनवा के पाइप डलवावत हव। लेकिन इ सड़क से हजारें लोग आवल जाल करलन। लेकिन कोई के इ सड़क के हालत नाहीं देखात हव कि इ सड़क के हालत का हव। इहां के गन्दा पानी जब गाड़ी मोटर से छिटक के दुकान पर आवला त हमने के दुकान के सामान भी खराब हो जाला। इ सड़क से नेता लोग भी कभी कभी आवल जाल करलन लकिन ओन लोग के कभी इ सड़क के हालत नाहीं देखात।
प्रधान रम्पी के बेटा धन्नू के कहब हव कि इ सड़क पी. डब्ल्यू. डी. के अन्दर आवला। इ सड़क बहुत दिन से खराब हव।