खबर लहरिया औरतें काम पर कईसे सुनवाईब होई

कईसे सुनवाईब होई

06-02-14 Mahila Muddaजिला वाराणसी, नगर क्षेत्र दीनदयालपुर। इहां के रेशमा के कहब हव कि हमने इहां  बीस साल से आके रहत हई लेकिन हमने के कउनो सुनवाई नाहीं होत हव। इहां  तक कि वृद्धा पेंशन भी नाहीं मिलत हव। हमने के सरकारी सुविधा कुछ भी नाहीं मिलत हव।
रेशमा बतावलीन कि धीरे धीरे करीब हमार उमर साठ के उपर हो गएल हव लेकिन वृद्धा पेंशन नाहीं मिलत हव। इहां  तक कि केतना बार सभासद से भी कहल गएल। हमने के सुनवाई नाहीं होत हव। हमने अपने सुनवाई खातिर के कंहा तक जाल जाए। जब सभासद के इहां  सुनवाई नाहीं भयल। त केकरे पर भरोंसा करल जाए कि हमने के काम हो जाए। हमने बुढ़ पुरनिया के सहारा लगल रहला कि पेंशन मिली त केहू के दर दवाई खातिर के हाथ ना फइलावे के पड़ी। अब त लइकन आपन परिवार देखत हयन। हमने पर के धियान देई। सरकार के तरफ से जवन योजना हव उ भी मिलब मुश्किल हो जात हव।
इहंा के सभासद आशा देवी के सहायक चन्दिका के कहब हव कि ओन लोगन के कउनों पू्रफ नाहीं हव कि ओन लोग इहां  के निवासी हइन। एही से कउनों सुविधा नाहीं मिलत हव। बस लोग इहां  पर आके रहत हईन। इहां  तक कि एन लोग के जमीन के भी रजिस्टरी नाहीं हव।