खबर लहरिया वाराणसी आवास मिलब भयल मुश्किल

आवास मिलब भयल मुश्किल

25-07-13 Gaave chandpurजिला वाराणसी, ब्लाक चिरईगावं , गावं बहादुरपुर आउर चाँददपुर। इहां के मुस्लिम बस्ती बसले पच्चीस साल हो गएल हव लेकिन अभहीं एको आवास नाहीं मिलल हव। इहां लगभग बीस घर हव। आउर यही हाल चांदपुर में भी हव।
इहां के रमजान, नाजिया समेत आउर लोगन के कहब हव कि हमनी एही मड़ई आउर कच्चा घर में रहीला। जेसे हमने के बहुत परेशानी होला। आंधी पानी में त डर लगल रहला कि कहीं रात के घर गिरले से हमनी दब ना जाल जाई। इ सब समस्या कई बार गावं के प्रधान से कहली लेकिन एको बार सुनत नाहीं हयन।
प्रधान कुसुम सिंह के जेठ गुड्डू सिंह के कहब हव कि हम सौ आवास खातिर के जून 2013 में ब्लाक पर प्रस्ताव देहले हई। पर अभहीं पास नाहीं भयल हव।
यही हाल के यादव बस्ती में दुलारी देवी के हव। एनके पास भी एको आवस नाहीं हव। एनके पति के मरले पांच साल भयल जबकि दुलारी देवी के इहां रहत पच्चीस साल हो गएल हव। दुलारी देवी के कहब हव कि कई बार प्रधान से कहली पर एको बार सुनवाई नाहीं भयल। दुलारी प्लास्टिक डाल के झोपड़ी बनइले हईन। बरसात में पानी बरसले से प्लास्टिक फट जाला आउर पानी घर में घुस जाला। इ कारन कई बार बैठ के गुजारा करे के पड़ला।
प्रधान राजेश यादव के कहब हव कि दू महीना पहिले बत्तीस लोहिया आवास के प्रस्ताव देहले हई। पास होले पर आवास मिल जाई।