खबर लहरिया वाराणसी अमृत में जहर

अमृत में जहर

17-10-13 GaavSihuliya

एमे छह महीना से नाहीं पड़त हव दवाई

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गांव सिहुलिया दलित बस्ती। इ बस्ती में एक कुआँ से लगभग पांच घर के लोग पानी पियलन। इ कुआँ में छह महीना से दवाई नाहीं छूटत हव। जेकरे वजह से कुआं के पानी में कीड़ी मिलत हव आउर कुआँ के पानी गन्दा आवत हव।
इहां के बदुना, छबराजी, अनिल कुमार इ लोगन के कहब हव कि इ कुंआ से लगभग पाँच घर के लोग पानी पियलन। लेकिन कोई भी दवाई नाहीं डालत। जून में हमने ब्लाक से लिया के डलले रहली तब पानी सही रहल। लेकिन ए समय के पानी गन्दा हव आउर ओमे कीड़ा भी निकलत हव। हमने केतना बार प्रधान से भी कहे। लेकिन जब कोई सुनी तब ने। हमने के नसीब में गन्दा पानी हव। प्रधान भी त नाहीं सुनत हयन।
प्रधान लक्ष्मी के देवर पन्ना लाल के कहब हव कि पइसा कई महीना से नाहीं आवत हव। यही से दवाई नाहीं छुटत हव। अइ कुआँ खातिर के 3335 रूपिया आएल हव। ए. एन. एम. कार्यकर्ता लोग कुआँ में दवाई लियाके डाल देहियन।