खबर लहरिया वाराणसी बिजली कटौती के लेके अनशन पर बइठल दादा

बिजली कटौती के लेके अनशन पर बइठल दादा

20-05-14 Kasba Maidaginजिला वाराणसी, नगर क्षेत्र मैदागिन। इ शहर के विधायक श्याम देव राय चैधरी उर्फ दादा बनारस में बिजली के अन्धाधुन्ध कटौती के लेके 27 मई 2014 के सवेरे से ही अनशन पर बइठल हयन। विधायक के साथे वरिष्ठ नेता डा. दयाशंकर मिश्र दयालु भी पूरा दिन अनशन पर रहलन। अनशन के दू दिन बीतले के बाद भी भाजपा के अध्यक्ष आउर दूसर अधिकारी भी अनशन पर नाहीं देखइलन। जबकि कुछ बनारस में ही हयन।
विधायक के साथे अरून, साधना, रूना यादव समेत करीब सैकड़ो लोग अनशन पर बइठल हयन। एन सब के मांग हव कि हमने के चैबीस घण्टा बिजली चाही। दादा के कहब हव कि बनारस वर्तमान प्रधानमंत्री के संसदीय कार्यक्षेत्र हव। आजमगढ़ जैसे जिला में कटैती मुक्त बिजली मिलत हव त का बनारस ओसे भी गैर गुजरल हव। इहां के लोग सहनशील हयन। लेकिन एकर मतलब इ नाहीं कि हम आपन कभी धैर्य नहीं छोड़ब। सरकार में अगर थोड़ी से भी नैतिकता हव तो अविल्म्ब तत्काल प्रधानमंत्री जी के संसदीय क्षेत्र में बिजली दे।