खबर लहरिया वाराणसी अइसे होई पढ़ाई

अइसे होई पढ़ाई

banaras kasbaजिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, ताला बाजार। इहां के प्राइमरी स्कूल के बाउण्ड्री गिरले एक साल हो गयल। आउर बाउण्ड्री गिरले के वजह से बच्चन पढ़ाई ना करतन भाग जालन। इ स्कूल में पढ़े वाले पिन्टू, सुमन, गीता रमेश के कहब हव कि इहां स्कूलन के बाउण्ड्री तो गिरले हव शौचालय भी गिरल हव। आउर जब हमनी के शौच लगअला तो तो हमनी टूटलका बाउण्ड्री से भाग जाइला। अगर शौचालय रहे तो हमनी के भागे के ना पड़े। अउरों लोग तो खेले खातिर बाउण्ड्री से निकल के भाग जाला। इहां के अध्यापक सुनीता देवी के कहब हव कि बाउण्ड्री बहुत दिन से गिरल हव। लेकिन अभहीं तक बनल नाहीं हव। प्रधानाचार्य अनिल के कहब हव कि प्रस्ताव देहले रहली बजट पास हो गयल हव जल्दी ही बन जाई। इहां के प्रधान पप्पू यादव के कहब हव कि बाउण्ड्री बनवावे के बजट आ गयल हव एक महीना के अन्दर बन जाई।