खबर लहरिया औरतें काम पर सरिता बनलिन गायिका

सरिता बनलिन गायिका

16-08-13 Mahila muddaSarita

गायिका सरिता

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गाव धरसौना तिवारी बस्ती। इहाँ के सरिता तीन साल से भोजपुरी गानो की गायिका बनल हइन।
सरिता तिवारी के कहब हव कि हम एम. एस. सी. तक पढ़ाई करले हई। एम. एस. सी. करले के बाद जब हमके कउनों नौकरी नाहीं मिलल ना तो हम खोजे के कोशिश कइली। तब ओकरे बाद हमरे मन में विचार आएल कि हम गायिका बन जाई। फिर ओकरे बाद हम भोजपुरी गाना गावे के तरफ ज्यादा धियान देवे लगली। कहीं सुन लेई कि आज इहाँ गाना हव त उहाँ चल जाई। अहिसहीं करत करत हम गावे में निपुण हावे लगे। फिर ओकरे बाद हम कहीं कम्पटीशन होए त ओमन भी भाग लेवे लगे। ए समय सावन में हम भोले बाबा के उपर गाना गइले हई।
सरिता बतावलीन कि 12 अगस्त 2013 के महरवीर मन्दिर पर हमके मनोज तिवारी के साथे गाना गावे के रहल। गाना गावे के साथ हम भेजपुरी फिल्म आउर महुआ चैनल पर भी काम करीला। आगे भी हमार इ सब काम करे के मन हव। हमरे काम में हमरे माई बाउ आउर हमरे परिवार के बहुत योगदान हव।