खबर लहरिया वाराणसी सड़क के बीच में हव नाली

सड़क के बीच में हव नाली

05-09-13 Gaav Bhohar sadak

सड़क के बीच में खुलल नाली

जिला वाराणसी, ब्लाक हरहुआ, गावं भोहर। इहां के सड़क के बीचो बीच बनल नाली से आवे जाए वालन गिर जालन। इ समस्या तीन साल से हव।
सुरेश, माधुरी, सभाजीत के कहब हव कि हमने के मेन रास्ता यही हव। इ रास्ता से रोज लगभग पांच सौ लोग आवल जाल करलन। लेकिन रात के समय आवे में लोग गिर जालन। इ रास्ता से आवे जाए में हमने के बहुत परेशानी होला। इहां के प्रधान जीते से पहिले कहियन कि बनवा देब लेकिन कोई भी बनवावत नाहीं। जब हमने के इहां शादी विवाह रहला त अगर खेत खाली रही त गाड़ी मोटर आ जाई नाही त बहू बिटियन के पैदल जाए के पड़ला। जीते से पहिले प्रधान कहीयन कि बनवा देब लेकिन कुछ नाहीं होत।
इ सब के बारे में प्रधान राजेश गुप्ता के कहब हव कि इ नाली अब तक सड़क बन गएल होत। लेकिन इ नाली सिंचाई विभाग के तहत हव। उ लोग एके पाटे से मना कइले हयन। एहीं से अभहीं तक रूकल हव। जब कह देहियन त बनवा देब।