खबर लहरिया औरतें काम पर दहेज बनत हव मेहरारू के हत्या के कारण

दहेज बनत हव मेहरारू के हत्या के कारण

29-05-14 Mahila mudda Benipurजिला वाराणसी, नगर क्षेत्र, बेनीपुर। इहां के रीता के शादी चैबेपुर के सन्तोष से भयल रहल। शादी भइले लगभग सात साल हो गएल हव।
इनकर कहब हव कि हम अपने आदमी से चार साल से मुकदमा लड़त हई। हमार एक लइकी हव। जब हमार लइकी एक साल के रहील तब हमार तबीयत खराब हो गएल रहल। हमरे ससुराल वालन हमार दवाइ नाहीं कइलन। एही से हम अपने मायके आ गइली। यही से हमार दवाई भयल। हमरे ससुराल वालन कहलन कि सब सामान लेके चल गइल। आउर हमके कभी भी फिर ससुराल नाहीं बुलइलन। एही से हम खर्चा के लेके मुकदमा लड़त हई। हमार आदमी कोर्ट में हाजिर भी नाहीं होतन।