खबर लहरिया ताजा खबरें मिट्टी फेंक के छुटकारा

मिट्टी फेंक के छुटकारा

25-07-13 Taza pachkoshi1जिला वाराणसी, नगर क्षेत्र पंचक्रोशी चैराहा। पंचक्रोशी सड़क से कपिल धारा रोड जाएवाली सड़क से रेलवे क्रासिंग तक तीन साल से दू सौ मीटर तक खराब हव। इहां के आबादी तीस हजार हव।
इहां रोड पर दुकान लगावे वाला आउर आटो ड्राइवर महेन्द्र प्रसाद यादव, राजकुमार, पप्पू कुमार सोनकर समेत आउर लोग बतइलन कि सड़क पर लगभग हजारो लोग रोज आवागमन करलन। इधर कम से कम पन्द्रह स्कूल हव। जेमे हर रोज दस हजार बच्चा आवल जाल करलन। इ कारण से इहां बहुत भीड़ हो जाला। कभी कभी भीड़ के वजह से बच्चन गिर जालन। इहां इ लगभग पचासो आटो भी चलला। दस पन्द्रह आटो वालन के कहब हव कि जब बरसात होई त पुरा सड़क पानी से भर जाला। त हमनी के आटो चलावे में बहुत दिक्कत होला। हमनी के आटो पानी में नाहीं चल पावला। बरसात मे सड़क भर जाए से इहां के लोग के निकलब मुश्किल हो जाला। आउर कीचड़ से हर समय एक न एक एक्सीडेंट होल करला। इहां बनारस के सबसे बड़ा सब्जी मण्डी भी हव।
व्यापार मण्डल के महामंत्री भूपेन्द्र अग्रहरी के कहब हव कि पी.डब्ल्यू.डी. के अधिकारी 23.07.2013 के आएल रहलन। आउर सबके दरवाजे के मिट्टी निकलवा के सड़क पर डलवा देहलन। पी.डब्ल्यू.डी. के मनोज बाबू बतइलन कि डी. एम. के आदेश हव कि शहर के सड़क में जल्दी से जल्दी काम शुरू होई।