खबर लहरिया ताजा खबरें भयल तोड़ फोड़

भयल तोड़ फोड़

19-06-2014 Taza Taktakpurजिला वाराणसी, नगर क्षेत्र टकटकपुर सरसौली। इहां पर नक्शा ना रहे से जे. सी. बी. मशीन से लगभगचार मकानन के तोड़ फोड़ भयल। इ तोड़ फोड़ में अपर सचिव अनिल भटनाकर मौजूद रहलन। एमे एक सही मकान भी टूट गएल। विनोद केजरीवाल के कहब हव कि बिना नोटीस के मकान के तोड़ फोड़ भयल। सन् 2008 में नोटीस मिलल रहल। लेकिन अब बिना नोटीस के मकान टूटल हव। तोड़ फोड़ करे से पहिले दू लाख मंगले रहलन। आशीष गुप्ता के कहब कि हम बिल भी भरत रहली। मकान के टैक्स भी भरत रहली। अचानक आके तोड़ फोड़ करे लगलन। मना कइले पर कहलन कि नक्शा सही नाहीं हव। एक लाख बारह हजार के चेक कटाल तब नाहीं तोड़लन। पइसा लेके चल गइलन। राम अंचल के कहब हव कि हमार मकान नम्बर सही रहल। तब भी लोग हमार मकान तोड़ देहलन। आउर मना कइले पर हमने से नोंक झोंक करे लगलन। अब हमने कहा जायल जाय। अपर सचिव अनिल भटनागर, वी. डी. ए. जनता से कहिन कि अराजी नम्बर के आधर पर मकान के तोड़ फोड़ होत हव। जनता गलत आरोप लगावत हव।