जिला वाराणसी, ब्लाक काशी पाण्डेपुर पुलिस लाइन। इहां पिछले दिन पाण्डेयपुर प्लाई ओवर के नीचे सड़क के किनारे सीवर बहे खातिर के नाली बनल रहल। उ अभहीं बीस दिन पहिले बनल रहल। इ नाली के दीवार पुलिस लाइन से पाण्डेयपुर तिराहा हिमांशु अस्पताल तक बुरी तरह टुट गएल हव।
इहां के रहे वाला जयराम आउर कई दुकानदार के कहब हव कि इ सड़क पर रात के समय दस आउर बारह पहिया वाला ट्रक चलला। यही से इ हाल भयल हव। उ लोग रात के समय पूरा नाली पर ट्रक चढ़ा देहलन। यही से नया बनल इ दीवार पूरा तरह से बईठ गएल हव। एकर जिम्मेदार प्रशासन पी. डब्ल्यू. डी. हयन।
इ सब के बारे में पी. डब्ल्यू. डी के अधिशासी अभियन्ता कन्हैया झा के कहब हव कि सड़क पर ट्रक चलले से ज्यादा लोड पड़ल यही से टूट गएल। एकरे आगे बन जाई।
कइसन बनल रहल
पिछला लेख