खबर लहरिया वाराणसी पानीं में पड़ल हव कीड़ा

पानीं में पड़ल हव कीड़ा

07-11-13 Gaav kuaan

कुआँ खुलल पडल कुआँ

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गावं  सिहुलिया दलित बस्ती। इ बस्ती में एक कुआँ हव जेमन छह महीना से दवाई नाहीं छूटल हव। जेकरे वजह से कुआं के पानी में कीड़ी पड़ गएल हव। पानी भी गन्दा हव। इ कुआँ से लगभग  पाँच घर के लोग पानी पियलन।
इहां के बिटुना, छबराजी, अनिल कुमार इ सब लोगन के कहब हव कि  पाँच घर के लोग इ कुआँ से पानी पियला। कोई भी दवाई लिया के नाहीं छोड़त हउअन जुन महीना मे हमने ब्लाक पर से दवाई लियावे के डलले रहली। ए समय हमने के गन्दा आउर कीड़ा वाला पानी पिए के पड़त हव। हमने हैण्डपम्प से लीयावल जाला उ भी दू सौ मीटर दूर हव। हमने के त समझ में नाहीं आवत की केसे कही। केहू सुनी तब तो। पता नाहीं केतना दिन हमने के गन्दा पानी पिए के पड़ी।
प्रधान लक्ष्मी के देवर पन्ना लाल के कहब हव कि पइसा कई महीना से नाहीं आवत रहल। ऐही से दवाई भी नाहीं छुटल हव। लेकिन अब कुआँ के दवाई खातिर के तैतींस सौ रूपिया आएल हव। अब कुआँ में दवाई छूटी। एक हप्ता में ए.एन.एम. कार्यकर्ता दवाई छोडि़यन।