खबर लहरिया ताजा खबरें दूध के दाम आसमान पर

दूध के दाम आसमान पर

जिला वाराणसी, पाण्डेयपुर दूध मण्डी। ए समय गावं गावं में गर्मी के वजह से गाय भैस के दूध के दाम आसमान पर चढ़ल हव। गावं में दूध चालीस से पचास रूपया लीटर दूध मिलत हव। जबकि शहर में साठ रूपया से लेके अस्सी रूपया तक मिलत हव।
जगह जगह के दूध मण्डी वाला कहत हयन कि गर्मी के दिन में गाय भैंस कम दूध देवे लगलन।  इहां के दूधमण्डी में अलग अलग जगह से लोग दूध लेके आवलन।  इहां पर अइले के बाद दूध के भाव तय होला। नाटे यादव, शारदा यादव, नखड़ू यादव, कमला यादव समेत कई लोगन के कहब हव कि दूध के भाव त हर समय चढल अतरल करला।
दूधमण्डी के ठेकेदार छोटई यादव के कहब हव कि इ मण्डी के भाव हर समय चढ़ उतरल करला। इ त रोज के धन्धा हव। ए समय साठ सत्तर अस्सी रूपिया तक दूध बिकत हव। ए समय लगन के हव आउर हलवाई भी ले जालन।